Font by Mehr Nastaliq Web

जतसार

jatsar

आकृति विज्ञा 'अर्पण’

अन्य

अन्य

और अधिकआकृति विज्ञा 'अर्पण’

    दीयवा मचावेला कि सोर हो राम

    होखेके बा घर में अजोर हो राम 

    नइहर के गहना गिरवी धराईल

    तब जाके ननदो के हाथे पियरी आईल

    होई नाही सासू मन थोर हो राम

    होखेके बा घर में अजोर हो राम 

    जंतवा के पाथर नियन भारी मना हो

    किसमति में बड़ुए लोहे के चना हो 

    चभले समयिया बड़ जोर हो राम 

    होखेके बा घर में अजोर हो राम 

    कचकी उमिरिया में बननी पतोहिया

    धीर-धरी सिखली में घरवा गिरथिया 

    सासू जी के अँचरा के कोर हो राम

    होखेके बा घर में अजोर हो राम

    दुखवा के एक दिन जायकेके रहेला

    जीतेला उहे जेहो धीर धरेला 

    नईहरे के ग्यान इहे मोर हो राम

    होखेके बा घर में अजोर हो राम

    स्रोत :
    • रचनाकार : आकृति विज्ञा 'अर्पण’
    • प्रकाशन : हिन्दवी के लिए लेखक द्वारा चयनित

    Additional information available

    Click on the INTERESTING button to view additional information associated with this sher.

    OKAY

    About this sher

    Close

    rare Unpublished content

    This ghazal contains ashaar not published in the public domain. These are marked by a red line on the left.

    OKAY

    हिन्दवी उत्सव, 27 जुलाई 2025, सीरी फ़ोर्ट ऑडिटोरियम, नई दिल्ली

    रजिस्टर कीजिए